Majedar jokes in Bhojpuri languages

मेहरारू अपना मरद से पुछलसि,
सुहागराति मे जब पहिलका हालि हमरा के देखलऽ त तहरा कईसन लगनी?
मरद जवाब दिहलसि,
हम त मरिये गईल रहितीं अगर
हमरा हनुमान चालीसा ईयाद ना रहल रहित! " "

मन मगन रहतावे, सुन्दर लागऽता दुनिया.
जब से खुलल बा वेबसाइट अँजोरिया.
भले चाँद सूरज में गरहन लागत रहे,
या अल्लाह कयामत ले अँजोरिया सलामत रहे.

बहत गंगा में हाथ जरुर धोवे के चाहीं,
बड़ा पुन्न होला!
खइले के ना हऽ, पचवलो के हऽ
काजर कइले के ना हऽ, मटकवलो के हऽ

उम्मीद नइखे तबहियो जियत जात बानी.
खाली बा बोतल तबहियो पियल जात बानी.
हिम्मत देखऽ हमार, रिस्पांस मिलत नइखे
तबहियो चुटपुटिहा लिखत जात बानी.

काश कि रउरा बकरी होखतीं.
हम रउरा के प्यार से घास खियईतीं
आ फेर प्यार से सींग पकड़ के हिलइतीं
आ पूछतीं
चुटपुटिहा के भेजी ?
आ रउरा मिमियतीं मैं.. मैं.... मैं....

हाट बाट के दोस्ती, बदरायन संबंध़
बहत हवा ना दे सकी बारमबार सुगन्ध.
दोस्ती अजमावे के बात ना, निभावे के बात हऽ, बुझलऽ ईयार ?

रात में जागल मत करऽ सूत जाईल करऽ.
अइसहीं मन में आँसू मत रोकल करऽ रो लिहल करऽ.
हमरा ईयाद में त हरमेस रहेलऽ गुमसुम.
कबो कबो अपनो के ईयाद कर लिहल करऽ.

Man Kahlas Ki Chali SMS Kari
Shochani ki ye pagalpan Ha
Raat Adhariya Kehu Ke SMS Kail
Fer Shochni Ke Jaye Da
Jekra ke Karat Bani
Uho T Pagle Ha.

Har Khusi Ke Rah Tohra Taraf Mod Di
Aasman Tahra Khati Chand Sitar Tod Di
etne Se Kam Chal Jao T Deek rahi
Na t kaha T Du Char Go Jhoot Auri Jod Di.

लड़का: हेल्लो जानू, कहां बारु ?
गर्लफ्रेंड: अभी हम पापा के स्कारपीओवा में बानी।
लड़का : पापा संगे बारे का?
गर्लफ्रेंड: ना ता, पापा बिज़ी रहलन तो ड्राईवर के संगे
भेज देहलन।
लड़का : अच्छा, कहां जात बारु?
गर्लफ्रेंड: छपरा जात बानी, पहले फिलिम देखम ओके बाद
शॉपिंग करेम। आ अगर टाइम मीली ता फ़ोन करेम, अच्छा
तू कहां हउआ अभी।
लड़का : जउन टाटा मैजिकवा में तु आगे के सीटवा में बैठल
बारू ना ओकरे पिछवा म हम लटकल बानी…अउर हां
भाड़ा मत दिह, तोहर हम दे देले बानी। ""

एगो आदमी राम मन्दिर में जाके भगवान से अपना भुलाईल मेहरारू के खोज देबे के निहोरा कइलसि. रामजी बोललन - बगल का हनुमान मन्दिर में जाके निहोरा करऽ. हमरो मेहरारू ऊहे खोजले रहन.

Bhojpuri ishq- Taj mahal kaun chiz ba, hum ehu se badi imarat banwaib, Mumtaz to mar ke dafan bhaile rahe, tohke sasuri hum zinda dafnaib.

हमरा आजुवो इयाद बा तहार पहिलका एसएमएस, हम लिखले रहुवीं कि भेजे वाला चाल्हाक, पढ़ेवाला बुड़बक. तू खिसिया के लिखले रहलऽ, ना ! भेजेवाला बुड़बक, पढ़ेवाला चाल्हाक !

जनतीं जे अइसने मरजी बा तहरो तऽ कहिये हम मर जइतीं, धिक्कार अइसन जियला पर अक्सरहाँ होखेला दुनिया में अइसन कि याद करेला लोग केहू के मरला पर.

पेन्सिल पाँच बाति सिखावेले :- जवन कुछ करबऽ ओकर निशान रहि जाई तू आपन गलती हमेशा सुधार सकेलऽ. असल चीज ऊ बा जवन तहरा भीतर बा. जिन्दगी अक्सरहाँ दुखदायी तरीका से तहरा के चोख करी. आ सबसे बड़ बाति ई कि अपना के उपरवाला के इशारा पर छोड़ दऽ जेकरा हाथ तहरा के सम्हरले बा.

मुँह पर बड़ाई आ पीठ पाछा बुराई करे वालन से दुनिया भरल बा. दोस्त ऊ होला जे मुँह पर दोष बतावे आ पीठ पाछा बड़ाई करे.

प्यार में वादा रहे कि अलगा होखला पर ना जीअम. ऊ आपन वादा पूरा कइलन आ प्रेमिका के बिआह का चालीसे साल बाद भरल पूरल परिवार छोड़ के गुजर गइलन.

समय से पहिले आ भाग्य से अधिका, ना तऽ मिलल बा, ना मिली. बाकिर तहरा का मालूम कि तहरा भाग्य में कतना बा आ तहार समय कब आई ? एहिसे तू बस हरदम लागल रहऽ !

केहू खातिर चार पल के इन्तजार गरज हऽ, चार घण्टा भरोसा हऽ, चार दिन दोस्ती हऽ, आ चार जनम प्यार हऽ!

हर जुबान पर तहरे नाम होखी, हर कदम पर दुनिया के सलाम होखी, मुश्किलन का सोझा डटल रहीहऽ, दुआ बा हमार एकदिन, सफलता तहार गुलाम होखी!
Vipin kumar pandey
Email-vipinkumarande@gmail. com
Website- www.vipinkumarande.blogspot.com

Comments